भोजपुरी गजल – श्याम कुंवर भारती

नाम तोहार लेके,  दिल अब आबाद हो गईल |

कहलू की केवन पागल , हमार आज हो गईल |

 

आसरा लगवली तोहसे ,नजर हमसे फेर लिहलु |

छुटल न तोहरो आस ,जल दिल खाक हो गईल |

 

कहेला लोगवा हमसे, तू खुदा की खिदमत कर |

अँखिया बसेलु तू हमरा ,भक्ति भस्म राख हो गईल |

 

पत्थर पूजेला लोगवा ,मिल जाले सबके राम |

पिघलल ना दिल तोहरो , दिल अब बरबाद हो गईल|

 

स्वाती के बूंद पानी , चितवत रहे चकोर |

तोहके जोहत मे जिनगी ,तन अब आजाद हो गईल |

 

बियवा बोवे किसान ,पक फल अनाज बदे |

पकल ना हमरो प्यार ,अब खराब हो गईल |

 

जइसे पूजेले देवता ,हम तोहरे के पुजली |

रीझलू ना कबों हमरा, दुशमन सब समाज हो गईल |

-श्याम कुँवर भारती [राजभर], बोकारो झारखंड -9955509286

 

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *