भोजपुरी होली – श्याम कुमार

बतिया न बनईह गोल गोल

हे पिया होलिया में अईह ।

 

बाली उमरिया हो नाजुक बदनिया

बहेले फगुनी बयार हमरी ओर

हे पिया होलिया में……।

 

अइले फगुनवा हो मगन भईले मनवा

उठेला दरदीया पोर पोर,

हे पिया होलिया में…..।

 

करा ना बहाना हाली टिकट कटवाला

धड़केला जीयरा बड़ा जोर जोर

हे पिया होलिया में …..।

 

ननदो के बलम ननदोई आई गईले

भसुर जेठानी खेले थोर थोर।

हे पिया होलिया में…..।

 

सड़िया बनारसी चुनरिया लेई अईहा

सेजरिया सजाईब सइयां बोल बोल

हे पिया होलिया में अइह।

– श्याम कुंवर भारती (राजभर )

बोकारो,झारखंड, मॉब.9955509286

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *