भोजपुरी गीत – श्याम कुंवर भारती

ज़हिया से तोहरा संगे लागल बा पीरीतिया हो।

तहिया से उड़ल बा इ बैरी निंदिया हमार।

अइसन काहे भइल बलमु हलतिया हमार।

 

तोहरो जवाब नइखे भोजपुरिया जवान के।

गबरू जवान बाड़ा नजरिया ईमान के।

मोंछियां पर ताव फेरे सईयां दिलदार के।

हीरो हीरा लाल हवा हमरे दिलवा नादान के।

हमरी नजरिया के भीतर समाइल बाड़ा।

आवा आवा आजा उड़ल बा इ निंदिया हमार।

अइसन काहे भइल बलमु हलतिया हमार।

 

सातों जन्म तक छूटी ना कबों साथ हो।

आवा सइयां आवा थाम ला कस के हमरो हाथ हो।

तोहरो के दिल देहली तोहरे पर देइब जान हो।

दगा मत दिहा सइयां बनिहा मत बेईमान हो।

डोली बारात लेके आवा हमरे दुआर पर।

मांग भरा सजना करा यकीन हमरे प्यार पर।

सावर सवरिया के दिल बाड़े बड़ा ।

सुना सुना श्याम सुना उड़ल बा ई निंदिया हमार।

अइसन काहे भइल आर्या हलतिया हमार।

– श्याम कुंवर भारती, बोकारो, झारखंड , मॉब.9955509286

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *